लालू के गांव में लईकी के मोबाइल रखे प रोक लागल

पटना। राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद के गृह पंचायत फुलवरिया में सोमवार के महिला मुखिया आ सरपंच बईठक क के स्कूल आ कॉलेज जाए वाली छात्रा के मोबाइल लेके जाए प रोक लगा देली। एह पंचायत के मुख्य बात इ बा कि, इहा मुखिया आ सरपंच दुनो महिला बाड़ी।

ध्यान देवे वाला बात बा कि, अभी कुछ दिन पहिले हथुआ प्रखंड के सिंगहा पंचायत में स्कूल जाए वाली छात्रा के जीन्स पहीने प रोक लगावल गईल रहल ह। मुखिया सावित्री देवी आ सरपंच अस्मिना खातून के उपस्थिति में सोमवार के भईल बईठक में नियम ले आवल गईल कि, पंचायत के छात्रा जवन स्कूल आ कॉलेज जाली, उ लोग के मोबाइल लेके स्कूल आ कॉलेज नईखे जाए के।

एह बात के समर्थन पंचायत के बईठक में उपस्थित सब महिला आ पुरुष कईले। इहो निर्णय लेवल गईल कि, एह बात के प्रचार लाउडस्पीकर से कईल जाई। अगर केहु एह नियम के समर्थन ना करी त ओकरा खिलाफ कार्रवाई भी करे खातिर पंचायत निर्णय ले सकतिया। पंचायत में लेवल गईल निर्णय के सरपंच आ मुखिया पढ़ के सब केहु के सुनईली।

बईठक के बाद मुखिया के प्रतिनिधि आ ग्रामीण रामसागर सिंह कहले कि, मोबाइल के प्रयोग से छात्रा आ लईकी प बुरा असर पड़ता। उहे ग्रामीण अल्ताफ हुसैन कहले कि, एसे महिला आ कम उम्र के छात्रा प बढ़त हिंसा के घटना प काबू पावल जा सकता।


Tags

buttons=(Accept !) days=(20)

Our website uses cookies to enhance your experience. Learn More
Accept !
To Top